Risk assessment of over-the-counter cannabinoid-based cosmetics: Legal and regulatory issues governing the safety of cannabinoid-based cosmetics in the UAE

नेचर रिजर्व (अंग्रेजी: nature reserve; अरथ: प्राकृतिक संरक्षित भंडार) एक तरह के सुरक्षित इलाका होलें जे अपना बनस्पति, जियाजंतु चाहे कौनों किसिम के अन्य प्राकृतिक बिसेसता के कारन, जइसे कि भूबैज्ञानिक महत्व के चीज होखे के कारन, सुरक्षित होखे ले आ इनहन के मैनेजमेंट एह तरीका से कइल जाला कि इनहन के संरक्षण (कंजर्वेशन) हो सके, आ ई इलाका रिसर्च आ अध्ययन खातिर मोका उपलब्ध करावे लें।

अइसन इलाका सभ देस के सरकार द्वारा घोषित रूप से कंजर्वेशन खातिर सुरक्षित हो सके लें, प्राइवेट संपत्ती के रूप में सुरक्षित हो सके लें, चाहे कौनों रिसर्च सेंटर के संपत्ति के रूप में सुरक्षित हो सके लें। नेचर रिजर्व सभ आइयूसीएन के सुरक्षित इलाका कटेगरी सभ के अनुसार सुरक्षित होखे लें।

नेचर रिजर्व सभ के अउरी कई नाँव से अलग-अलग जगह पर बोलावल जाला: वाइल्डलाइफ़ रिफ्यूज (wildlife refuge), वाइल्डलाइफ़ सैंक्चुअरी (wildlife sanctuary), बायोस्फियर रिजर्व चाहे बायो रिज़र्व (biosphere reserve or bioreserve), प्राकृतिक चाहे प्रकृति पर्जर्व (natural or nature preserve), चाहे प्रकृति कंजर्वेशन एरिया (nature conservation area)। भारत में इनहन के बायोस्फियर रिजर्व कहल जाला आ वर्तमान में भारत में 18 गो अइसन इलाका बाड़ें जिनहन में से 11 गो बायोस्फियर रिजर्व सभ यूनेस्को (UNESCO) के मैन एंड बायोस्फियर प्रोग्राम के तहत आवे लें आ बायोस्फियर रिजर्व सभ के बैस्विक नेटवर्क (World Network of Biosphere Reserves) में शामिल कइल गइल बाड़ें।

संदर्भ