Type a search term to find related articles by LIMS subject matter experts gathered from the most trusted and dynamic collaboration tools in the laboratory informatics industry.
विकिपीडिया पर योगदान
आईं सीखल जाय कि आप विकिपीडिया पर का योगदान क सकत बानी।
विकिपीडिया पर राउर बहुत स्वागत बा। अगर आप इहाँ योगदान कइल चाहत बानी तब हमनी खातिर ई बहुत खुसी के बात भी बा। विकिपीडिया आपे नियर वालंटियर योगदानकर्ता लोग के सहजोग से बनल हवे आ इहाँ केहू भी संपादन क सके ला आ लेखवन के सुधारे, बढ़ावे आ नया लेख बनावे में मदद क सके ला।
एकरा पहिले कि आप ई जानीं कि इहाँ योगदान कइसे कइल जाय कुछ जरूरी चीज धियान देवे लायक बा जिनहन के सुरुआती खंड सभ में बतावल गइल बा।
विकिपीडिया एक ठो ऑनलाइन, फ्री, तिसरहा क्रम के ज्ञानकोश हवे। हमनी के मकसद इहे बा कि दुनिया के हर महत्व वाली चीज आ बिसय के बारे आपसी सहजोग से जानकारी के भंडार बनावल जाय से सभका खातिर फिरी में उपलब्ध होखे। कौनों भी विकिपीडिया लेख के मकसद बा ओह बिसय पर मुख्य धारा में पहिले से मौजूद जानकारी आ ज्ञान के संछेप में आ तटस्थ तरीका से सारगर्भित रूप से प्रस्तुत कइल। संपादक लोग के न्यायसंगत आ तटस्थ आ सटीक ढंग से, सीधा-सीधा तथ्य आ जानकारी देवे वाला स्टाइल में निर्भीक हो के संपादन करे खातिर बढ़ावा दिहल जाला। लेख सभ के ज्ञानकोश के शैली में लिखल होखे के चाहीं, न कि निबंध, तर्क-बितर्क भा बिस्लेषण आ बिचार-बिमर्श के शैली में। विकिपीडिया के मूल सिद्धांत पंचशील के रूप में स्थापित बा जिनहन के हर संपादक के अपना मन में बइठा लेवे के चाहीं।
अगर आप इहाँ नया बानी, सुरू में आपके कुछ उलझन हो सके ला कि एतना बड़ प्रोजेक्ट में आप का करीं आ कहाँ सीखीं कि आपके करे लायक काम का बा। बाकी एहमें तनिको घबड़ाये के बात नइखे। अपना सहज बुद्धी पर भरोसा राखीं आप धीरे-धीरे बहुत कुछ सीख लेब।
विकिपीडिया पर खाली अइसने ना बा कि आप संपादन आ सुधार क सकत बानी बलुक विकिपीडिया आपसे ई चाहत भी बा कि आप अच्छा नीयत से इहाँ संपादन करीं। बस ई हमेशा धियान रखीं कि आपके सुरुआती सही-गलत संपादन से विकिपीडिया खराब ना होखी, राउर गलती केहू दूसर सुधार दी, राउर गलती से विकिपीडिया के बिगाड़ नइखे होखे वाला आ डेराये के जरूरत नइखे। ई जरूरी नइखे कि आप एकदम परफेक्ट चीज लिखीं, काहें से कि विकिपीडिया लगातार सुधारल जात रहे वाला चीज हऽ आ ई लगातार जारी रहे वाला काम (वर्क इन प्रोग्रेस) हवे। आपसी सहजोग से लेखन के इहे फायदा बा कि अगर एक ब्यक्ति सुरू में कुछ आधा-अधूरा भा कमजोर तरीका से लिखे ला त बाकी लोग समय के साथ ओकरा के सुधार के आ बढ़ा के बढ़ियाँ ज्ञानकोशीय लेख के रूप में बिकसित क सकेला।
कई सारा मदद पन्ना बाने जहाँ आप इहाँ संपादन करे के बारे में सीख सकत बानी। उदाहरण खातिर नीचे दू गो कड़ी दिहल जाता जवना से आपके मदद मिली:
विकिपीडिया पर योगदान करे खातिर खाता बनावल जरूरी नइखे। हालाँकि, अगर आप खाता बना के योगदान करब तब ई कई मामिला में बेहतर होखी। कारण:
अगर आप अभिन ले खाता नइखीं, एक ठो यूजरनेम चुनीं आ खाता बनाईं।
विकिपीडिया पर सभे वालंटियर बा आ इहाँ कौनों बहुत सख्त नियम-कानून नइखे। हँऽ, इहाँ ऊपर बतावल मकसद के पूरा करे आ आपस में बढ़ियाँ बेहवार राखे खातिर आ विकिपीडिया के स्थापित परंपरा सभ के लागू करावे खातिर नीति आ दिसानिर्देश बाने आ आपसे उमीद कइल जाला कि आप इनहन के पालन करीं। साथी संपादक लोग अलग-अलग जगह आ समाज से बा, अलग-अलग बिचार आ मत वाला हो सके ला, एही से आपस में हमेशा सामाजिक बेहवार आ एक दुसरे के सम्मान करे के चाहीं।
हमनी के इहाँ ज्ञानकोश बनावे खातिर एकट्ठा भइल बानी जा। आपन निजी राय, मत या बिचारधारा साबित करे खातिर संपादन कइल, दुसरा साथी से अनुचित बेहवार कइल, बिघटनकारी संपादन कइल, आ विकिपीडिया के परंपरा आ ब्यवस्था के साथ खेलवाड़ कइल कौनों दसा में स्वीकार ना होखी।
परदा के पीछे, विकिपीडिया संपादक लोग के समाज हवे जे लोग लगातार इहाँ लेख लिखे आ उनहन के बेहतर बनावे खातिर काम करत बा। अइसना में अलग-अलग लोग के मत आ बिचार अलग हो सके ला। एह दसा में आपस में चर्चा क के आम सहमती बनावल उचित तरीका बाटे।
हर लेख खातिर एक ठो बातचीत पन्ना होला। ई आप लेख के टाइटिल के ऊपर देख सकत बानी जहाँ "बातचीत" टैब होला। एह बातचीत पन्ना पर संबंधित लेख में सुधार खातिर चर्चा कइल जा सके ला।
कौनों भी चर्चा में सहज आ आदर सहित रहि के आपन बात लिखीं। आपन बात तर्क के साथ समझा के सभके सहमती हासिल करे के कोसिस करीं।
लेख के अलावा, बाकी तरह के पन्ना सभ के भी बातचीत पन्ना होला, प्रयोगकर्ता लोग के भी बार्ता पन्ना होला जहाँ आप केहू संपादक से चर्चा क सकत बानी। एकरे अलावा आम चर्चा खातिर चौपाल पर जा के सनेसा लिखल जा सकत बाटे।
विकिपीडिया पर बहुत सारा संपादक लोग साथ मिल के एकरा लेखन के बिस्तार आ सुधार करे ला। सभे के योगदान महत्वपूर्ण बा आ केहू भी कौनों लेख के मालिक नइखे। मूल बात बा लेख के ज्ञानकोशीय शैली में बेहतर बनावल।
लेख हमेशा छोट लेख के रूप में सुरू होलें आ समय के साथ उनहन के बिकास होला। केहू के केतनो छोट योगदान होखे, अगर ओ से लेख में सुधार होखे त ओह संपादक के आभार बा।
सुरुआत में सभसे नीक तरीका बा कि ज्यादा से ज्यादा लेखवन के पढ़ीं आ अगर कुछ मामूली गलती या सुधार करे लायक चीज लउके तब ओकरा के सुधारे के कोसिस करीं। उदाहरण खातिर, आपके कौनों लेख में एक ठो शब्द अइसन मिलल जेकर इस्पेलिंग गलत बा, या कौनों वाक्य अइसन मिलल जे मामूली बदलाव के बाद व्याकरण के हिसाब से ढेर बेहतर हो जाई, तब आप एकरा खातिर संपादन क सकत बानी। अइसन काम के कॉपीएडिटिंग कहल जाला आ सभके एह बात खातिर बढ़ावा दिहल जाला कि लेख पढ़के कॉपीएडिटिंग करे।
हर लेख के पढ़त समय कंप्यूटर पर आपके "संपादन" आ "स्रोत संपादित करीं" के टैब लउके ला, जवना पर क्लिक क के लेख के एडिटबक्सा में खोलल जा सके ला आ जरूरी बदलाव कइल जा सके ला। अगर आप पूरा लेख नइखीं संपादन कइल चाहत आ खाली कौनों खंड के संपादन कइल चाहत बानी, तब खंड के हेडिंग के आगे बनल नीला रंग के "संपादन" आ "स्रोत संपादित करीं" पर क्लिक क सकत बानी।
मोबाइल में देखत समय आपके दाहिने ओर सभसे ऊपर एक ठो कलम के निशान लउके ला, ई हर खंड के हेडिंग के आगे भी दाहिने ओर लउके ला। एह पर टैप क के संपादन खातिर खोलल जा सके ला आ जरूरत के बदलाव कइल जा सके ला।
संपादन करे खातिर लेख के खोल लिहले के बाद एह में बदलाव कइसे कइल जाय ई नीचे दिहल गइल कड़ी के पढ़ के जानल जा सकत बा:
विकिपीडिया पर मौजूद सगरी लेख के लिस्ट में से आप लेख खोज सकत बानी या फिर कौनों एगो लेख (रैंडम) खोल के कॉपीएडिटिंग क सकत बानी।
अगर आप भोजपुरी विकिपीडिया पर बनल बहुत छोट लेख सभ के बिस्तार कइल चाहत बानी तब अपना पसंद के बिसय के श्रेणी में एकदम से छोट लेख बीच के उनहन के बढ़ा सकत बानी।
पहिले से बनल लेखवन में सुधार के अलावा आप उल्लेखनीय बिसय पर नया लेख भी बना सकत बानी। धियान रहे कि लेख के बिसय कम-से-कम एतना महत्व के जरूर होखे कि ओह पर ज्ञानकोश में लेख शामिल करे के जरूरत के उचित साबित कइल जा सके।
कौनों किसिम के परचार भा कौनों कम महत्व वाला बिसय के महत्वपूर्ण बनावे के कोसिस करे खातिर लेख मत बनाईं।
अगर आप लेख बनावे के सोचत बानी तब पहिले विकिपीडिया का ना हवे जरूर पढ़ लीं। एकरे बाद नया लेख सुरू करे के बारे में पढ़ीं आ नया लेख बनाईं।
विकिपीडिया पर आपके योगदान के आसान बनावे खातिर हमनी के पूरा कोसिस बा कि आपके हर सवाल के जबाब उपलब्ध होखे। नीचे दिहल कड़ी सभ में आपके अइसन जानकारी आ मदद मिली:
अगर आप के लागत होखे की ऊपर बतावल कड़ी सभ से आपके कौनों मदद नइखे हो पावत आ केहू सीधे आपसे संपर्क क के आपके सवाल के जबाब दे तब नीचे दिहल तरीका से आपन सवाल अपना वार्ता पन्ना पर लिखीं (एकरा खातिर खाता होखल जरूरी बा, तबे आपके वार्ता पन्ना बनी):
==X के बारे में मदद?== {{Help me}} राउर सवाल.... ~~~~
ऊपर दिहल पूरा चीज कॉपी क लेईं आ अपना बातचीत पन्ना पर जाके संपादन बटन पर क्लिक करीं आ संपादन बक्सा में चपका देईं,
आपके सवाल के जबाब एक से दू दिन के भीतर केहू न केहू प्रयोगकर्ता देवे के कोसिस करी।