Knowledge Base Wiki

Search for LIMS content across all our Wiki Knowledge Bases.

Type a search term to find related articles by LIMS subject matter experts gathered from the most trusted and dynamic collaboration tools in the laboratory informatics industry.

गिनी गुणांक के ग्राफ पर निरूपण

अर्थशास्त्र में गिनी गुणांक भा गिनी कोफिशिएंट (अंग्रेजी: Gini coefficient) सांख्यिकीय बिचरणशीलता के एगो माप हवे। ई आय में बिसमता के ब्यक्त करे वाला माप हवे। एकर ईजाद इटली के सांख्यिकीबिद कोरादो गिनी (Corrado Gini) द्वारा 1912 में कइल गइल रहे।

गिनी गुणांक, लारेंज कर्व पर आधारित माप हवे। चित्र में 45 डिग्री के लाइन एकदम समान बितरण देखावे ले आ अगर आय के बितरण देखावे वाला लारेंज कर्व एकरे से अलग होखे तब गिनी गुणांक के गणना 45 डिग्री के रेखा आ लारेन्ज कर्व के बीच के एरिया आ 45 डिग्री के नीचे वाला कुल एरिया के बीचा के अनुपात के बतावे ला; एकर गणना G = A/(A + B) के रूप में होखे ले।

गिनी गुणांक के मान 1 होखले के मतलब होला आय भा संपति के बितरण में सभसे ढेर बिसमता बा।